भोजपुरी राशिफल 2016
नया साल आवे वाला बाटे, तऽ रउरा दिमाग में भी बहुत कुछ चलत होई, जैसे कि आखिर ई आवे वाला नया साल कईसन रही, बेटी के बिआह होई की ना, समय पर खेत बोआई की ना, दुश्मन से पीछा छुटी की ना। अईसन ढेर सवाल होई जवन रउरा सभन के परेशान करत होई। अईसे रउरा लोगन के परेशान भईला के कवनों ज़रूरत नईखे, काहे से कि हम लेके आईल बानी नया साल के राशिफल। तऽ आईं सभे जानल जाव की नया साल में का कहत बा लोग राउर ग्रह-नक्षत्र। लेकिन राशिफल बतावे से पहिले हम रउरा के बता दीही कि ई राशिफल एकदम वैदिक ज्योतिष पर आधारित बा।
मेष
वैदिक ज्योतिष के अनुसार ई साल रउरा ख़ातिर कुछ ख़ास ले के तऽ नईखे आवत, लेकिन सब-कुछ
ठीक-ठाक रहे वाला बा। घर-परिवार में कुछ ऊँच-नीच होखे के संभावना बा, लेकिन नौकरी-चाकरी
एकदम झक्कास रही। अइसे ज़्यादा ख़ुश होखला के भी ज़रूरत नईखे, काहे कि बढ़िया काम देर
से ही होखेला। अगर व्यापारी लोग के बात कईल जाव तऽ एह समय कहीं पईसा लगावल ठीक ना होई।
शेयर बाज़ार से भी दूर ही रहीं तऽ बेहतर बा। बिना मतलब के पईसा खरचा करे से परहेज़
करीं। प्यार के मामला थोड़ा नाज़ुक रहे वाला बा। हो सकेला कि प्यार में कुछ मज़ा ना
आवे, लेकिन यौन-सुख भरपूर मिले वाला बा। बेकार के बात पर ध्यान ना दीही तऽ ठीक रही।
हालाँकि हर समय आवेश में रहल भी रउरा ख़ातिर ठीक नईखे। अगस्त के बाद राउर ज़िन्दगी
में सबकुछ ठीक-ठाक होखे वाला बा, लेकिन सावधान रहल पुरा साल ज़रूरी बा।
वृषभ
2016 के ई नया साल तऽ रउरा खातिर बहुते बढ़िया रहे वाला बा। ई बात हम नईखी कहत, ई तऽ
राउर ग्रह-नक्षत्र लोग कहत बाटे। यदि रउरा सच में अपना परिवार से प्यार करीले, तब तऽ
जिन्दगी एकदम स्वर्ग बने वाला बा। घर-परिवार के लेके कवनो चिंता कईला के ज़रूरत नईखे।
परिवार के साथ समय बितावे के भरपूर मौक़ा मिली। नौकरी-चाकरी वाला लोगन के कुछ दिक्क़त
हो सकेला। काम-धंधा वाला लोग के भी तुरंत फ़ायदा ना होई, लेकिन समय के साथ ज़रूर होई,
एहमें कवनो शक़ नईखे। प्यार-मोहब्बत भी ठीक-ठाक रही, आउर मज़ा भी खूब आई। ई साल रउरा
जेतना हो सके, ख़ुद के ख़ुश रखे के कोशिश करीं, काहे से कि जेतना रउरा ख़ुश रहब ओतने
सफल भी होखब। अईसे राउर ध्यान आजकल अपना प्यार के तरफ़ ना बा, जवन की ठीक नईखे। ई सब
प्यार में उलटा-सीधा सोचला आउर शक़ कईला के कारण होखेला। हालाँकि रउरा बहुत समझदार
बानी, लेकिन कभी-कभी अपना रास्ता से थोड़ा भटक जाईले। ढेर लोग के प्यार के चक्कर में
ना ही पड़ी तऽ ठीक बा। ई साल आर्थिक रूप से राउर भरपूर मदद करे वाला बा। एहसे चिंता
करे के कवनो ज़रूरत नईखे।
मिथुन
ग्रह-नक्षत्र के चाल-ढाल से पता चलत बा कि ई साल पूरा तरह से रउरा खातिर ही आ रहल बा।
घर-परिवार में हँसी-ख़ुशी के माहौल बनल रही। जीवनसाथी के परिवार के लोग के साथ खूब
पटरी खाई, सब लोग एकदम मज़ा में रही। हालाँकि सेहत के लेके थोड़ा गंभीर रहे के पड़ी।
हो सके तऽ रोज कसरत करीं आउर खान-पान पर ध्यान दीही। खरचा-बरचा पर तनिक ध्यान देवे
के ज़रूरत बा, काहें कि आमदनी थोड़ा कमज़ोर रहे वाला बा। कर्ज़ा लेवे से एकदम परहेज़
करी। ई भी हो सकेला कि अईसन समय में कुछ लोग ग़लत धंधा भी शुरू कर लेवे, जवन की ठीक
नईखे। वैदिक ज्योतिष के अनुसार ई साल व्यापारी लोग ख़ातिर शानदार रहे वाला बा। काम-धंधा
से अच्छा आमदनी होई। प्यार-मोहब्बत भी ठीक-ठाक रहे वाला बा। कुल मिलाके अगर छोट-मोट
दिक्क़त पर ध्यान ना देहल जाव तऽ, चिंता करे वाला कवनो बात नईखे। पूरा साल के आनंद
ली आउर ज़िन्दगी के एक नया रास्ता पर ले जाईं।
कर्क
नया साल के कुंडली के अनुसार कर्क राशि वाला लोग के ज़िन्दगी के खूब मज़ा आवे वाला
बा, लेकिन ईहो हो सकेला कि परिवार के लोग के साथ कुछ झगड़ा-झंझट भी हो जाए। सेहत के
लेके ज़्यादा सतर्क रहे के ज़रूरत बा, कवनो गंभीर बीमारी हो सकेला। आमदनी के तरफ़ भी
ध्यान देहल ज़रूरी बा। पईसा-रूपिया के मामला में केहु के ऊपर आँख बन करके विश्वास कईल
ठीक नईखे। कुछ लोग रउरा पीठ पीछे साज़िश भी रच सकेला, एहसे थोड़ा सावधान रहे के दरकार
बा। अगर नौकरी बदले के मन बा तऽ कोशिश कर सकीले, समय एकर गवाही दे रहल बा। कुछ लोग
के नया ज़िम्मेवारी भी मिल सकेला आउर सैलरी भी बढे के संभावना बा। कुछ लोग अपना प्यार
ख़ातिर पूरा गाँव-जवार के भी लात मार सकेला, लेकिन ई ठीक ना होई। हो सके तऽ बईठ के
एह विषय पर घर-परिवार के लोग से बात-चीत कईल करी। एह साल रउरा अपना कामेच्छा पर काबू
रखे के पड़ी, ना हीं तऽ कुछ गड़बड़ भी होखे के संभावना बा।
सिंह
वर्षफल 2016 के मुताबिक़ आवे वाला ई नया साल रउरा ख़ातिर कवनो उपहार से कम नईखे। राउर
ज़िन्दगी के हर एक कदम सही रास्ता पर रही। जीवनसाथी आउर जान-पहचान के लोग के साथ मेल-जोल
बनल रही। सेहत के बात करीं तऽ मोटापा बढ़े के संभावना ज़्यादा बा। एकरा से बचे ख़ातिर
खाए-पीए पर ध्यान दीही आउर शराब से एकदम दूर रहीं। अगर आर्थिक स्थिति के बात कईल जाव
तऽ कुछ हद तक ठीक-ठाक ही रहे वाला बा। जमा-पूँजी में बरकत होई। चाहे रउरा नौकरी-चाकरी
करत होखी या कारोबार, हर हाल में आमदनी होई, एहमें कवनों संदेह नईखे। प्रेम-संबंध पहिले
से बेहतर रही। कुछ लोग के हाथ-पैर में हरदी भी लागे वाला बा। कहे के मतलब कि बिआह होखे
वाला बा। यौन सुख भी पूरा मिली। जीवनसाथी के साथ खूब मौज़-मस्ती होखे वाला बा। मन करे
तऽ साथ में कहीं घूमे-फिरे भी जा सकीले।
कन्या
कवनो पिछला जनम के पाप के कारण जीवनसाथी से पूरा साल कुछ-न-कुछ झगडा़-झंझट होते रही।
परिवार के लोग से भी ना बनी। अपना तरफ़ से कोशिश करीं कि झगड़ा-झंझट ना होखे पावे।
पूरा साल कवनो-ना-कवनो बात के लेके रउरा परेशान रह सकिले। अपना देह के ख़्याल रखल तऽ
रउरा हाथ में बा। एहसे देह से मज़ाक मत करी। खाए-पीए पर ध्यान दीही। बृहस्पति रउरा
कुंडली के बारहवाँ घर में बईठल बाड़ें, जवना वजह से परेशानी आउर भी बढ़ सकेला। अगस्त
तक जईसे भी होखे खु़ुद के संभाल के रखीं। एह महीना के बाद राउर अच्छा दिन आवे वाला
बा। अगर नौकरी-धंधा नईखे तऽ कवनों ज़्यादा दिक्क़त ना होई। प्यार-वार के बात कईल जाव
तऽ सब शानदार रहे वाला बा, लेकिन अपना मन में कवनो खोंट ना रखी तऽ आउर भी बेहतर होई।
तुला
एकजुट परिवार वाला लोग के परिवार में मेल-भाव के कमी रही, लेकिन छोट-मोट परिवार वाला
के घर में आनंद-ही-आनंद रही। जीवनसाथी के उपर शक़ ना ही करीं तऽ ठीक बा, ना तऽ बिना
मतलब के झगड़ा-झंझट होखे के संभावना बा। कुछ लोग के परिवार से रिश्ता-नाता भी टूट सकेला।
बाल-बच्चा सन के कारण कुछ दिक्क़त हो सकेला। नौकरी वाला लोग खातिर समय ठीक बा, लेकिन
व्यापार या धंधा वाला लोग के कुछ परेशानी हो सकेला। 11 अगस्त के बाद ज़िन्दगी में मज़ा
आवे वाला बा। सच कही तऽ 11 अगस्त के बाद ही राउर अच्छा दिन आवे वाला बा। हालाँकि एका-एक
खरचा भी बढ़ सकेला, लेन-देन के मामला में थोड़ा सावधान रहल ज़रूरी बा। प्यार-मोहब्बत
में बेचैन भईला के बिल्कुल भी ज़रूरत नईखे, ना ही तऽ बनल-बनावल खेल बिगड़ जाई। जीवनसाथी
के संगे ताल-मेल बना के चली आउर ज़िन्दगी के आनंद लीही। शारीरिक सुख के चक्कर में शरीर
के दाव पर लगावल समझदारी वाला काम ना होई। एहसे सोच-समझकर चलल ठीक रही।
वृश्चिक
नया साल में रउरा जीवनसाथी आउर परिवार के साथ ताल-मेल बना के चले के होई। निजी ज़िन्दगी
में कुछ ऊँच-नीच होखे के संभावना बा। संतान के बात-व्यवहार से कुछ दिक्क़त हो सकेला।
आलस करे से परहेज़ करी आउर काम पर ध्यान दीही। ना ही तऽ मौज़-मस्ती के चक्कर में काम
के काम तमाम हो जाई। जमा-पूँजी के लेके सतर्क रही आउर अगस्त तक जेतना हो सके पईसा बचावे
के कोशिश करी। ई महीना के बाद निवेश कर सकीले आउर शेयर बाज़ार में भी पईसा लगा सकीले।
प्यार के बात करी तऽ पार्टनर पर शक़ करे से परहेज़ करी आउर सब्र से काम लीही। भरपूर
यौन-सुख मिले वाला बा, लेकिन ज़्यादा करे से परहेज़ करीं।
धनु
कबो-कबो परिवार के लोग के साथ कुछ वाद-विवाद होखे के संभावना बा। नौकरी-चाकरी वाला
लोग ख़ातिर ई साल शानदार रहे वाला बा। अगस्त महीना तक आपन दिमाग ठंड़ा रखे के ज़रूरत
बा, एह महीना के बाद सबकुछ अपने-आप ठीक हो जाई। बिना-मतलब के लफड़ा में कूदे से परहेज़
करी आउर लोग के साथ बढ़िया से बात-चीत करे के कोशिश करी। अगर आमदनी के बात कईल जाव
तऽ एकदम झक्कास रहे वाला बा, लेकिन गद्दार आउर धोखेबाज़ लोग से दूर रही तऽ आउर भी बढ़िया
बा। व्यापारी लोग खातिर ई साल कुछ ठीक रहे वाला नईखे। सोच-समझ के फ़़ैसला लीही आउर
अपना करम पर भरोसा रखी। नाहि त कुंडली के अनुसार जेल के भी हवा खाए के पड़ सकेला। ख़राब
स्थिति में भी उल्टा-सीधा काम से दूर रहे के कोशिश करी। अईसे अपना से बेहतर करे के
कोशिश ज़रूर करीं।
मकर
नया साल में रउरा ज़िन्दगी में सुख-शांति के कमी रही। पार्टनर आउर परिवार के लोग के
साथ बहस भईला के कारण परिवार के माहौल ख़राब हो सकेला। प्यार से बात करे के कोशिश करीं,
ना ही तऽ लेनी-के-देनी पड़ जाई। सरदर्द, बदहज़मी आउर तनाव से सेहत ख़राब हो सकेला।
अगर रउरा ऊपर राहु आउर केतु के दशा नईखे चलत तऽ रूपिया-पईसा मिले के बहुत संभावना बा।
नौकरी से बढ़िया फ़ायदा होई आउर समाज में इज्ज़त भी मिली। कुछ लोग के नया नौकरी मिली
आउर कुछ व्यापारी लोग के सरकारी ठेका भी मिल सकेला। कारोबार से मुनाफ़ा होई। प्यार
के मामला भी ठीक-ठाक ही रही। कुल मिला के ई साल रउरा खातिर बढ़िया साल में से एक साबित
होई।
कुम्भ
गृहस्थ जीवन ठीक-ठाक रहे वाला बा, थोड़ा-बहुत दिक्क़त हो सकेला। लेकिन रउरा कुंडली
में बृहस्पति के सातवाँ भाव में मौजूद होखे के कारण मामला कुछ ढेर बिगड़े वाला नईखे।
जे लोग परिवार के झगड़ा से अकुता के घर से दूर जाए के सोचत बा, तऽ उ लोग अपना बल पर
फ़ैसला ले सकेला। गुप्तांग आउर मस्तिष्क के साथ-साथ सेहत पर ध्यान देवे के ज़रूरत बा,
वरना आगे चलके लेनी-के-देनी पड़ सकऽ ता। रूपिया-पईसा के मामला में ई साल झक्कास रहे
वाला बा। दोस्त-ईयार के भी पूरा साथ मिली, एहसे चिंता करेके कवनों बात नईखे। अईसे ज़्यादा
नवाब बने आउर दोस्ती के ग़लत फ़ायदा उठावे से परहेज़ करीं। नौकरी वाला लोग के नाम भी
मिली, दाम भी मिली आउर पदोन्नती भी होई। ऑफ़िस के लोग रउरा काम के बड़ाई करी आउर एगो
कार्यकुशल कर्मचारी के रूप में राउर गिनती होई। जवन लोग कारोबार से जुड़ल बा, उनका
ख़ातिर ई साल कवनो तोहफ़ा से कम नईखे। एहसे बेचैन भईला के कवनो ज़रूरत नईखे। प्रेम-संबंध
पहिले से बेहतर रही।
मीन
ई साल रउरा तनिक ज़्यादा मेहनत करे के पड़ी। हो सकेला की मेहनत बेकार भी हो जाए, लेकिन
चिंता करे के ज़रूरत नईखे, काहे कि रउरा अंदर उ काबिलियत बा कि अपना बात-व्यवहार से
सब-कुछ संभाल सकीले। एह साल एगो छो़ट ग़लती भी बहुत बड़ा घाटा दे सकेले, एहसे कवनो
काम करे से पहिले सोच-विचार लीही। आँत, लिवर आउर कि़डनी में कुछ दिक्क़त होखे के संभावना
बा, थोड़ा सतर्क रहे के ज़रूरत बा। आर्थिक स्थिति ठीक-ठाक रहे वाला बा। नौकरी के शुरूआत
में कुछ परेशानी हो सकेला, लेकिन बाद में सब अपने आप ठीक हो जाई। अगस्त के बाद के दिन
व्यापारी लोग ख़ातिर कवनों वरदान से कम नईखे। प्यार के मामला भी ई महीना के बाद बन
जाई, लेकिन एकरा से पहिले बहुत सतर्क रहे के पड़ी।
वैदिक ज्योतिष पर आधारित ई भविष्यवाणी से हम आशा करत बानी की आवे वाला नया साल रउरा सभन के एगो सही रास्ता पर ले जाई आउर भविष्य में आवे वाला परेशानी से बचाई। रउरा सभन लोग के कल्याण होखे, ईहे हमार भगवान से प्रार्थना बा।
Astrological services for accurate answers and better feature
Astrological remedies to get rid of your problems

AstroSage on MobileAll Mobile Apps
AstroSage TVSubscribe
- Numerology Weekly Horoscope: From June 1st to 7th!
- Venus Remedies 2025: Restore Balance & Grace With These Proven Steps!
- June 2025 Monthly Horoscope: Dive Into The Month!
- Numerology Moolank 5: Traits, Talent, & Truths Of Moolank 5 Natives!
- Tarot Weekly Horoscope From 01st June To 07th June, 2025
- Sun Transit June 2025: Sun Transit Alters Luck & Fortunes Of 3 Zodiac Signs!
- Venus Transit In Aries: Huge Profits & Benefits To These Zodiacs
- Jupiter Combust 2025: Hidden Blessings For 3 Fortunate Zodiac Signs!
- IPL 2025: Team Gujarat VS Team Mumbai – Tarot Analysis
- Hans Rajyoga In Kundli: Jupiter’s Divine Gift Of Prosperity And Good Fortunes!
- साप्ताहिक अंक फल (01 जून से 07 जून, 2025): जानें इस सप्ताह किन जातकों को रहना होगा सावधान!
- देखें जून के महीने में शादी और मुंडन का शुभ मुहूर्त, ग्रह-गोचर की भी है पूरी जानकारी!
- टैरो साप्ताहिक राशिफल (01 जून से 07 जून, 2025): इन 3 राशियों के लिए ये सप्ताह रहेगा बेहद शुभ
- शुक्र के मेष राशि में गोचर से, इन राशियों को होगा ज़बरदस्त लाभ; जानें 12 राशियों पर प्रभाव!
- आईपीएल 2025: गुजरात बनाम मुंबई – टैरो से जानें, किसे मिलेगा फाइनल का टिकट?
- मासिक अंक फल जून 2025: इस महीने इन मूलांक वालों को मिलेंगी खुशियां!
- आईपीएल 2025: पंजाब बनाम बैंगलोर – टैरो से जानें, कौन पड़ेगा किस पर भारी?
- शुक्र का मेष राशि में गोचर, इन राशि वालों के लिए रहेगा लकी, शेयर मार्केट में आएंगे उतार-चढ़ाव!
- टैरो मासिक राशिफल 2025: जून के महीने में कैसे मिलेंगे सभी 12 राशियों को परिणाम? जानें!
- ज्येष्ठ अमावस्या पर इन उपायों से करें शनि देव को प्रसन्न, साढ़े साती-ढैय्या नहीं कर पाएगी परेशान!
- Horoscope 2025
- Rashifal 2025
- Calendar 2025
- Chinese Horoscope 2025
- Saturn Transit 2025
- Jupiter Transit 2025
- Rahu Transit 2025
- Ketu Transit 2025
- Ascendant Horoscope 2025
- Lal Kitab 2025
- Shubh Muhurat 2025
- Hindu Holidays 2025
- Public Holidays 2025
- ராசி பலன் 2025
- రాశిఫలాలు 2025
- ರಾಶಿಭವಿಷ್ಯ 2025
- ਰਾਸ਼ੀਫਲ 2025
- ରାଶିଫଳ 2025
- രാശിഫലം 2025
- રાશિફળ 2025
- రాశిఫలాలు 2025
- রাশিফল 2025 (Rashifol 2025)
- Astrology 2025